देशभक्ति से गूँजल बिल्थरारोड , रिटायर भइल फौजी अफसरन के भव्य स्वागत !


बिल्थरा रोड रेलवे स्टेशन प गुरुवार के दिने जश्न आ देशभक्ति के माहौल रहल। एह मौका पर भारतीय सेना से रिटायर भइल लेफ्टिनेंट कर्नल गंगा विसुन राजभर (अटवा, तुर्तीपार)कैप्टन संजय कुमार पटेल (सूपापाली, बिल्थरारोड ) के जोरदार स्वागत भइल।

लगभग 30 बरिस ले देश सेवा कइला के बाद जब दु गो जांबाज अफसर आपन घर लौटलें त नगर आ गांव से जुटल भीड़ उनकरा पर फूलन के बरसात कइलस। बैंड-बाजा आ जुलूस के साथ ओह लोगन के खुलल गाड़ी में ले जाइल गइल। महिलन खुशी में नाचलन आ “भारत माता की जय” के नारा से पूरा इलाका गूँज उठल।

एह कार्यक्रम में पहिले से रिटायर नायब सूबेदार अजय पटेलो शामिल रहलन।

लेफ्टिनेंट कर्नल गंगा विसुन राजभर कहलन –

“देश सेवा हमार पहिल प्राथमिकता रहल बा, आ अबहियो देश खातिर हरदम तैयार बानी।”

ओही बीच कैप्टन संजय पटेल कहलन –

“अब आम जनता के बीच रहके उनकर माहौल में घुल-मिलके जीएब।”

बिल्थरारोड  में फौजी अफसरन के स्वागत खातिर गुलाब के पंखुड़ी उड़ावल गइल आ हर ओर देशभक्ति के रंग छा गइल।


Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *